Breaking News

जागरूकता गीत llकोरोनाll

जागरूकता गीत 
llकोरोनाll

ई कवन अफतिया देशवे पे आईल बा
कोरोना जेकर नाम कहाईल बा
22 मार्च के जनता कर्फ्यू लग जाई
सबही अपने ही घर में रहल जाई
सबही के बचावे के प्लान आईल बा
कोरोना जेकर नाम कहाईल बा

सफाई के विशेष ध्यान रखल जाई
सार्वजनिक जगह पे केहू नाही जाई
नाही अब तक आईल बा एकर दवाई
एकांत जे होखबा तबे बचल जाई
ताली थाली बजावे के फरमान आईल बा
कोरोना जेकर नाम कहाईल बा

घरवे में बैठके शांति से रईहा
सफाई से रहा सबही से कईहा
खुद पर नियंत्रण करा अबकी बार 
इहे चारा से कोरोना जाई हार
मोदी जी के बढ़िया विचार आईल बा
कोरोना जेकर नाम कहाईल बा

✍️रचयिता
दीपक कुमार यादव
प्राoविoमासाडीह महसी
जनपद-बहराइच
मोबाइल-9956521700, 9120621111

कोई टिप्पणी नहीं