Breaking News

ए सैया बिटिया के पढ़ाई द

दिव्यांग बालिका शिक्षा पर आधारित
             प्रेरणा गीत



रो रोके कहेले गुजरिया रे
ए सैया बिटिया के पढ़ाई द

होई गईल बा बिटिया 6 बरस के
दुख झेलत बा इहो कुदरत के
कहे ला लोग लुगाई अंधरियाँ रे
ए सैया बिटिया के पढ़ाई द।

जवन दुःख दिहले बाड़े भगवान हो
ओकरा के लेके जिये इंसान हो
ताना मारे गाँव नगरिया हो
ए सैया बिटिया के पढाईदा।

पढ़लिख बिटिया आगे बढ़ जाई
ऐसे दीपक हमहन के दुःख हर जाई
माटी होइ जाई एक दिन शरीरिया हो
ए सैया बिटिया के पढाईदा।

✍ रचयिता
दीपक कुमार यादव (स•अ0)
प्राथमिक विद्यालय मासाडीह
महसी, बहराइच

2 टिप्‍पणियां: