Breaking News

पुलवामा में शहीद भाई

🙏🌹माँ शारदे को नमन🙏
🙏मंच को नमन🌹🙏

  💐पुलवामा में शहीद भाई💐

भेंट चढ़ि गइलन जवनवा ये माई
दुश्मन बाटे कसाई,,,,,

सीमा के रक्षा करें दिन रतिया,
भारत माँ के खातिर आवे न निदिया।
करें दिन रात निगहबानी ये माई,
दुश्मन बाटे कसाई,,,,,
भेँट चढ,,,,,
आजु के दिनवा भाई सगरो,
छिन्न भिन्न भइलन कतरन कतरन
अँखियाँ त गइल पथराई ये माई,
दुश्मन बाटे कसाई,,,,
भेँट चढ़ि,,,,
देशवा के खातिर समर्पित भइलन,
ताबूत में टुकड़न में अइलन।
केहू  कइसे पहचानी ए माई
दुश्मन बाटे  कसाई.........
भेट चढ़ि..……
शांतिदूत जस हरदम सहलन ,
पीड़ा हृदय में समाहित कइलन,
आतंकी समझे न भाव ए माई
दुश्मन बाटे……
भेंट.……
घरवा में बिलखेली माई बहिना,
तिरिया के लोरवा से भर गइल अंगना,
बेदर्द तनिको न बुझे माई
दुश्मन बाटे कसाई……
भेंट………
गोदी के ललना लखि नाही पइले,
बाबा के खैरियत खबर देइ दिहले
ओहि बीचे भइले बमबारी ए माई
दुश्मन बाटे कसाई………
भेंट चढ़ गइलन………
कबले घात लगाई ए माई,
दुश्मन बाटे कसाई……
कबले चली ई लड़ाई ए माई
दुश्मन बाटे कसाई……
भेंट चढ़ गइलन विरनवा ए माई
🙏🙏🙏😭😭💐💐💐
विनम्र श्रंद्धाजलि

 ✍️
ममता प्रीति श्रीवास्तव(शिक्षिका)
जनपद-गोरखपुर, उत्तर प्रदेश

कोई टिप्पणी नहीं